यूक्रेन
ई लेख रूस-यूक्रेन युद्ध आ रूस के यूक्रेन पर हमला, 2022 संबंधी बिसय के कारन एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख रूस-यूक्रेन युद्ध आ रूस के यूक्रेन पर हमला, 2022 संबंधी बिसय के कारन के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे। |
यूक्रेन | |
---|---|
| |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | कीव 50°27′N 30°30′E / 50.450°N 30.500°E |
सरकार | युनिटरी अर्ध-राष्ट्रपतीय संबैधानिक रिपब्लिक |
इस्थापित | |
• सोवियत युनियन से आजादी | 26 दिसंबर 1991 |
• संबिधान (वर्तमान) | 28 जून 1996 |
रकबा | |
• कुल | 603,628 किमी2 (233,062 वर्ग मील) (45th) |
• जल (%) | 7 |
जनसंख्या | |
• 2017 अनुमान | 42,418,235 [1] (32वाँ) |
• 2001 जनगणना | 48,457,102 |
• Density | 73.8/किमी2 (191.1/वर्ग मील) (115वाँ) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2017 अनुमान |
• कुल | $368.217 बिलियन[2] (47वाँ) |
• प्रति ब्यक्ति | $8,667[2] (109वाँ) |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2017 अनुमान |
• कुल | $112.154 बिलियन[2] (60वाँ) |
• Per capita | $2,640[2] (127वाँ) |
गिनी (2015) | 25.5[3] low · 18वाँ |
एचडीआइ (2017) | 0.751[4] high · 88वाँ |
करेंसी | यूक्रेनियाई ह्रैवीना (₴) (UAH) |
टाइम जोन | ईईटी (यूटीसी+2[5]) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | ईईएसटी (यूटीसी+3) |
ड्राइविंग | दहिने |
कालिंग कोड | +380 |
इंटरनेट टीएलडी | |
|
युक्रेन चाहे यूक्रेन (अंग्रेजी: Ukraine) पूरबी यूरोप क एगो देस हवे जेकर राजधानी आ सभसे बड़ शहर कीव (Kyiv) हवे। यूक्रेन रूस के बाद, रकबा के हिसाब से यूरोप के सभसे बड़हन देस हवे आ रूस के साथे पूरबी आ उत्तर-पूरबी सीमा सझिया करे ला। रूस के अलावा एकर सीमा उत्तर में बेलारूस; पच्छिम में पोलैंड, स्लोवाकिया आ हंगरी; दक्खिन में रोमानिया आ मोल्डोवा के साथे बने ले; एकरे अलावा ई अजोव सागर आ काला सागर के समुंद्र तट वाला देस भी हवे। एकर कुल रकबा 603,628 किमी2 (6.497397717018×1012 वर्ग फु),[नोट 1] बाटे आ कुल आबादी 41.3 मिलियन,[नोट 2] बा जेकरा चलते ई यूरोप के आठवाँ सभसे बेसी आबादी वाला देस हवे।
युक्रेन के इलाका प्राचीन काल से आबाद रहल हवे आ 32,000 ईसा पूर्ब में इहाँ मनुष्य के आबादी होखे के परमान मिले लें। यूरोपियन मध्य जुग में ई पूरबी स्लाविक संस्कृति के मुख्य केंद्र रहल आ कीवन रुस राज्य यूक्रेनी पहिचान के आधार बनल। एकरे बाद 13वीं आवत-आवत ई इलाका कई राजनीतिक हिस्सन में बँटा गइल आ मंगोलियाई हमला में तितर-बितर भइल। एकर एकता खतम भ गइल आ कई ताकत सभ द्वारा शासन कइल गइल। 17वीं-18वीं सदी में कोस्सक हेतमानात के उठान भइल बाकी आगे जा के ई इलाका पोलैंड आ रूस साम्राज्य के बीचा में बँटा गइल। रूस के क्रांति के बाद इहाँ राष्ट्रवादी माहौल बनल आ आंदोलन शुरू भइल, युक्रेनियन पीपल्स रिपब्लिक के घोषणा 23 जून 1917 के भइल। दुसरे बिस्व जुद्ध के बाद, पच्छिमी यूक्रेन के बिलय यूक्रेनियन सोवियत सोशलिस्ट रिपब्लिक में हो गइल आ पूरा देस सोवियत यूनियन के हिस्सा बन गइल। यूक्रेन के 1991 में आजादी मिलल जब सोवियत संघ के बिघटन भइल।
आजादी के बाद युक्रेन अपना के न्यूट्रल राज्य घोषित कइलस; कुछ मात्रा में रूस आ सीआइएस देसन के साथे सेना के संबंध बनवलस आ 1994 में नाटो के पार्टनर बनल।
साल 2013 में राष्ट्रपति विक्टर यानुकोविच ई फैसला लिहलें कि यूक्रेन-यूरोपियन यूनियन एसोसिएशन समझौता सस्पेंड कइल जाय आ रूस के साथे नज्दीके के आर्थिक संबंध बनावल जाय। एकरे बाद धरना-प्रदर्शन के लमहर लहर चलल आ यानुकोविच के सरकार गिरा के नया सरकार बनावल गइल। इहे घटना सभ मार्च 2014 में रूस द्वारा क्रीमिया के अधिग्रहण आ अप्रैल 2014 में डॉनबास के लड़ाई के पृष्ठभूमि बनलें। 1 जनवरी 2016 के यूक्रेन यूरोपियन यूनियन के साथे डीप एंड कंप्रेहेंसिव फ्री ट्रेड एरिया के हिस्सा बने खातिर आवेदन कइलस।
यूक्रेन एगो कम बिकसित देस हवे आ मानव बिकास सूचकांक के हिसाब से 74वाँ रैंक पर आवे ला। ई यूरोप से सभसे गरीब देस हवे जहाँ हाई लेवल के गरीबी आ भ्रष्टाचार बाटे। हालाँकि, अपना उपजाऊ खेत सभ के चलते ई अनाज के बड़हन निर्यातक देस हवे। यूक्रेन के लगे यूरोप के तिसरी सभसे बड़हन सेना भी बा रूस आ फ्रांस के बाद। यूक्रेन एगो यूनिटरी रिपब्लिक हवे जहाँ सेमी-प्रेसिडेंशियल सिस्टम बाटे आ पावर के अलगाव बिधायिका, कार्यपालिका आ न्यायपालिका के बीचा में बा।
यूक्रेन यूनाइटेड नेशंस, दि काउंसिल ऑफ़ यूरोप, ओएससीई, गुआम ऑर्गेनाइजेशन आ लुब्लिन ट्रैंगल के सदस्य हवे आ सीआईएस के संस्थापक सदस्य राज्य में से एक हवे भले ई कबो एकर सदस्य ना बन पावल।
नोट
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Чисельність населення (за оцінкою) на 1 листопада 2017 року та середня чисельність у січні-жовтні 2017 року". www.ukrstat.gov.ua. Retrieved 2018-01-09.
- ↑ 2.0 2.1 2.2 2.3 "Ukraine", The World Bank, 2018, retrieved 12 अगस्त 2018 download: CSV, archived from the original on 2021-12-10, retrieved 2019-01-01 XML, archived from the original on 2021-12-10, retrieved 2019-01-01 EXCEL, archived from the original on 2021-12-10, retrieved 2019-01-01
- ↑ "GINI index (World Bank estimate) | Data". data.worldbank.org (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-01-08.
- ↑ "Human Development Report 2018 – "Human Development for Everyone"" (PDF). मानव बिकास रपट, यूएनडीपी. pp. 198–201. Retrieved 8 जनवरी 2018.
- ↑ Рішення Ради: Україна 30 жовтня перейде на зимовий час [Rada Decision: Ukraine will change to winter time on 30 October] (युक्रेनी में). korrespondent.net. 18 October 2011. Retrieved 31 अक्टूबर 2011.
- ↑ About introduction of changes and additions to the Constitution of Ukrainian SSR (Про внесення змін і доповнень до Конституції (Основного Закону) Української РСР). Verkhovna Rada.
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |